Nojoto: Largest Storytelling Platform

सखी मोहन क अखियाँ कमाल बा, मोहिनी के जाल बा ना। उ

सखी मोहन क अखियाँ कमाल बा,
मोहिनी के जाल बा ना।

उनका फूल नियर गाल,
बाल    बाटै    घुँघराल,
उनका होठवा त टेस लाल लाल बा,
मोहिनी के जाल बा ना

राधा रानी  को बुलावे,
प्यारी  बासुरी बजावे,
चलत संग उनके सखा ग्वाल बाल बा,
मोहिनी के जाल बा ना।

मनवा   मारेला  हिलोर, 
कान्हा  हउवै  चितचोर,
मुस्की होठवा पे नटखट सी चाल बा,
मोहिनी के जाल बा ना।।
सखी मोहन......

अंजली श्रीवास्तव

©Anjali Srivastav
  #Barsaat 
#kajari_geet