Nojoto: Largest Storytelling Platform

चिटुकी ला सेन्दुरवा महंग भइले बाबा चुन्दरी भइल अनम

चिटुकी ला सेन्दुरवा महंग भइले बाबा
चुन्दरी भइल अनमोल रे
ऐही सेन्दुरवा के कारण बाबा
छुटी जइहें अम्मा के गोद रे ।

अम्मा कहेली बेटी नित उठी अइह
बाबा कहेनी छव मास हे
भईया कहे ले दीदी काज परोजन
भाभी कहेली कौवन काम हे 
चिटुकी ला...........

बाबा जे दीहल अन धन सोनवा
अम्मा जे लहर पटोर हे
भईया जे दीहल हंसराज घोड़वा
भाभी महुरवा के गांठ रे
चिटुकी ला.........

बाबा के दीहल धन छव मास खईबो
फाट जइहें लहर पटोर हे
भईया के घोड़वा हो नव ग्रह घुमहिए
भाभी के अपजश होइहे
चिटुकी ला.........

©Pradeep Kumar #vidai #paramprikgeet #bhojpuri #avadhi #desaj #Folk #vivahgeet
चिटुकी ला सेन्दुरवा महंग भइले बाबा
चुन्दरी भइल अनमोल रे
ऐही सेन्दुरवा के कारण बाबा
छुटी जइहें अम्मा के गोद रे ।

अम्मा कहेली बेटी नित उठी अइह
बाबा कहेनी छव मास हे
भईया कहे ले दीदी काज परोजन
भाभी कहेली कौवन काम हे 
चिटुकी ला...........

बाबा जे दीहल अन धन सोनवा
अम्मा जे लहर पटोर हे
भईया जे दीहल हंसराज घोड़वा
भाभी महुरवा के गांठ रे
चिटुकी ला.........

बाबा के दीहल धन छव मास खईबो
फाट जइहें लहर पटोर हे
भईया के घोड़वा हो नव ग्रह घुमहिए
भाभी के अपजश होइहे
चिटुकी ला.........

©Pradeep Kumar #vidai #paramprikgeet #bhojpuri #avadhi #desaj #Folk #vivahgeet