Find the Latest Status about घुटी भर धोती भीजे छठ गीत from top creators only on Nojoto App. Also find trending photos & videos about, घुटी भर धोती भीजे छठ गीत.
Prashant Mishra
अम्मा तनी सोहर गावा हो छठी माँ के भेजा बुलावा हो...2 सभे जन गावा छठी माई के भजनियां कईला-कइला ना माई के पूजनिया चाची चला कोसी भरावा हो फुआ चला दउरा सजावा हो अम्मा तनी सोहर गावा हो.... (कोरस-2) पूजिला भगउती , मांगिला मनउती पूरा करिहें मइया तोहार धरतानी पइयां, ए हो छठी मइया निमन रहे घर परिवार ए हो भउजी तू ठेकुआ बनावा दीदी चला न चिउरा कुंटावा भइया तनी Dj बोलावा हो छठी माँ के गाना लगावा हो अम्मा तनी सोहर गावा हो.....(कोरस-2) धइले बा बेमरिया, छुटल बा नोकरिया रोवता टे बेटवा तोहार ए हो मयरिया, लेके अवतरिया कईदा न हमर उद्धार लईके मुड़वा पे दउरा घाटे आइलीं सूरुज बाबा के पुजे खातीं आइलीं पीयुष एगो गाना सुनावा हो मइया से अर्जी लगावा हो अम्मा तनी सोहर गावा......(कोरस-2) छठ गीत
छठ गीत
read moreS. Bhaskar
असो छठ करे जाईब हो। रूठल बाटे भाग, देख लागल बाटे आग, छठी मैया के हम्हू मनाइब हो, असो छठ करे जाईब हो। पियरी से भरल बाटे घटवा हो, कटवा ला तुहूं टिकटवा हो, की असो भास्कर के अरग चढ़ाईब हो, असो छठ करे जाईब हो। देख सूरज के लाली चढ़ल बा, गांव ज्वार से घटवा भरल बा, अबकी पनिया में डुबकी लगाइब हो, असो छठ करे जाईब हो। देख दउरा तनी का सजा ला, हाथे इखिया के बोझवा उठा ला, छठ वाला गितिया हम्हु गईब हो, असो छठ करे जाईब हो। छठ गीत #yqbhaskar
छठ गीत #yqbhaskar
read morePrashant Mishra
भइया शहरे से आवा,भौजी के भी संगे लावा आके गऊवां में छठी माँ के पूजन करावा नाहीं बाटे त, माई से सनतान माँगि ला छट्ठी मईया से मनचाहा वरदान माँगि ला.../ मम्मी ठेकुआ बनावा,अउरी चिउड़ा भुजावा फल-फूल खीर ध के, चला कोसिया भरावा छठी माई बानी ममता के खान माँगि ला छट्ठी मईया से मनचाहा वरदान माँगि ला.../ ए भइया बहँगी उठावा, दउरा मुड़े पे चढ़ावा नंगे पइयाँ लेके चला एके घाटे पहुँचावा माई अस्ताचल के कईके धियान माँगि ला छट्ठी मइया से मनचाहा वरदान माँगि ला.../ मम्मी अरघ चढ़ावा, सूरुज बाबा के मनावा घरे आके सभे राती भर झूमा- नाचा -गावा छट्ठी मईया के गावा गुणगान माँगि ला छट्ठी मइया से मनचाहा वरदान माँगि ला.../ भोरे दियना जरावा, अउरी अरघ चढ़ावा परसादी खाके चला सबके पारन करावा माई करें घर भर के कल्यान माँगि ला छट्ठी मइया से मनचाहा वरदान माँगि ला.../ माई बाड़ू तू दयालू, माई बाड़ू तू कृपालू पीयूष मिश्रा बनिके आइल बाटें तोहर श्रद्धालू प्रशान्त करा जनि मउका ज़ियान माँगि ला.. --डॉ. प्रशान्त मिश्रा "पीयूष" छठ पूजा भोजपुरी गीत
छठ पूजा भोजपुरी गीत
read more